बिहार में फिल्म सिटी बनावे के बिहार सरकार के फैसला के भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार रवि किशन स्वागत कइले बाड़न आ एह फैसला खातिर ऊ मुखंयमंत्री नीतीश कुमार, उपमुख्यमंत्री सुशील मोदी, अभिनेता शत्रुघ्न सिन्हा आ फिल्मकार प्रकाश झा के बधाई दिहले बाड़न. केरल का बियाबान जंगल में अभिषक बच्चन आ एश्वर्या राय का साथे मणिरत्नम के फिलिम रावण का शूटिंग में लागल रवि किशन अपना प्रचारक उदय भगत का मार्फत खबर भेजववले बाड़न. रवि किशन का मुताबिक बिहार में फिल्म सिटी बनावे के मामला तीन साल से विचाराधीन रहल हा. आठ महीना पहिले पटना में ईटीवी का कार्यक्रम सबसे बड़ा बिहारी कौन एवार्ड समारोह का दौरान शत्रुघ्न सिन्हा रविकिशन के बतवले रहलें कि एक साल का भीतरे बिहार सरकार एह पर फैसला ले लीहि. ओह घरी जमीन के अधिग्रहण पूर्व सर्वे चलत रहुवे. रविकिशन एह बात से साफे इन्कार कइलन कि मुंबई में भोजपुरी फिल्म उद्योग के लोग डेराइल सहमल बा. कहलन कि मुंबई के फितरते अइसन बा कि कवनो बात के समर्थन भा विरोध ढेर दिन ले चलिये ना सके. छोट मोट बात त हर इलाका में होत रहेला. रविकिशन शूटिंग से लवटि के मुख्यमंत्री से भेंट करीहन आ उनुका के व्यक्तिगत रूप से आपन शुक्रिया कहिहन. रवि किशन पूरा भोजपुरी फिल्म उद्योग से कहले बाड़न कि इंडस्ट्री के भलाई खातिर एकजुट होखल जरुरी बा. बेमतलब के बयानबाजी आ कवनो काम के सेहरा अपना मूड़ी पर बान्हे के अबहीं वक्त नईखे, मिलजुल के काम करे के समय बा ई. मुंबई में मराइल राहुल राज आ लोकल ट्रेन में मराइल धर्मदेव राय का परिवार जन का प्रति ऊ आपन संवेदना प्रकट कइले बाड़न.